कर्नाटक में कांग्रेस के कहानी खतम बतवलें येद्दियुरप्पा


बेंगलुरु 25 मई (वार्ता) भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के बड़का नेता आ कर्नाटक के मुख्यमंत्री रह चुकल बी एस येद्दियुरप्पा आजु कहलन कि राज्य में कांग्रेस के कहानी अब खतम हो चुकल बा आ उनुका गोल का निशाना पर अब मुख्यमंत्री एच डी कुमारस्वामी बाड़न.
भाजपा गोल के विधायकन के बइठक से पहिले मीडिया से बतियावत येदियुरप्पा कहलन कि कर्नाटक में अब कांग्रेस के वजूद खतम हो चुकल बा आ अब जनता दल (एस) के खतम करे के बा.
जान जाईं कि आजु विधानसभा अध्यक्ष के चुनाव से पहिले भाजपा अपना उमीदवार के हटा लिहलसि आ एह पद पर कांग्रेस के रमेश कुमार निर्विरोध चुना गइलन. बाद में विश्वास मत का बेरो भाजपा बहिर्गमन कर गइल आ कुमार स्वामी के सरकार विश्वासो मत एकतरफा जीत लिहलसि.
येदियुरप्पा धिरवलन कि अगर कुमारस्वामी किसानन के कर्ज माफी के आपन वादा पूरा नइखन करत त भाजपा प्रदेशव्यापी आंदोलन करी. याद करीं कि कुमारस्वामी कहले रहलन कि सरकार में अइला के 24 घंटा का भितरे किसानन के कुल 53 हजार करोड़ के कर्जा माफ कर दीहल जाई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।