कर्नाटक में वोटिंग आ पवन बंसल के इस्तीफा

कर्नाटक विधानसभा के चुनाव खातिर आजु वोट डालल जा रहल बा. सबेरही से भारी भीड़ पोलिंग बूथ पर लागे लागल रहुवे आ वोटिंग के रफ्तार तेज रहुवे. बाकिर दुपहरिया में तिक्खर घाम का चलते वोटिंग कुछ मद्धिम चाल से भइल. दू बजे ले चालीस फीसदी वोट पड़ चुकल रहुवे.

विधानसभा चुनाव होखला का बावजूद एह चुनाव के राष्ट्रीय महत्व बा. अगर कांग्रेस एहिजा सरकार बना लेत बिया त कांग्रेसियन में उछाह आ जाई दोसरा राज्यन का चुनाव से पहिले. बाकिर अगर कहीं भाजपा दुबारा सरकार बना लिहलसि, भलही जदसेकुलर का सहजोग से त देश के राजनीतिक माहौल बदल जाई. भठियरपन के आरोपन से जूझत कांग्रेस नीत सरकार के फजीहत तब अउर बढ़ जाई. काल्हुए रेलमंत्री पवन कुमार बंसल के भगीना के घूस के नब्बे लाख रुपिया समेत सीबीआई गिरफ्तार कर लिहलसि. महेश कुमार रेलवे बोर्ड के सदस्य रहे खातिर दस करोड़ रुपिया घूस देबे के सकरले रहलन. ओकरे बयाना का तौर पर दू करोड़ रुपिया एडवांस में देबे के करार कइलन आ नब्बे लाख भेजियो दिहलन. बाकिर एही बीच सीबीआई अड़ंगा लगा दिहलसि आ महेश कुमार का साथही पवन कुमार बंसल के भगीना आ तीन गो अउरियो लोग के गिरफ्तार कर लिहलसि. बाकिर कांग्रेस बेहयाई के हद पार करत पवन कुमार बंसल का पीछे खड़ा बिया आ कहत बिया कि इस्तीफा के कवनो दरकार नइखे काहे कि बंसल एह मामिला में दोषी नइखन.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।