कर्पूरी ठाकुर के जयन्ती मनावल गइल

देश में पिछड़ा आन्दोलन के आधार स्तम्भ रहल कर्पूरी ठाकुर के काल्हु ८७ वाँ जयन्ती धूमधाम से मनावल गइल. राज्यपाल देवानंद कुंवर, मुख्यमंत्री नीतीश कुमार समेत नेता लोग कर्पूरी ठाकुर के प्रतिमा पर फूल माला चढ़ावल.

कर्पूरी ठाकुर के जमाना में बिहार के मैट्रिक परीक्षा में अंग्रेजी के गैर जरुरी बना दिहल गइल रहे आ तब अंगरेजी में फेल होखला बादो विद्यार्थियन के पास घोषित कर दिहल जात रहे. कहल जाव कि कर्पूरी डिविजन में पास भइल बा. ओकरा चलते एक जमाना तक बिहार शिक्षा का क्षेत्र मे पिछड़ गइल. बाकिर असल नुकसान महामाया प्रसाद सिन्हा विद्यार्थियन के आपन जिगर के टुकड़ा बोल के बहका के कइले रहले.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..