‘कलुआ भईल सयान’ 18 मई से बिहार का सिनेमाघरन में

भोजपुरी के डायनामिक एक्टर शुभम तिवारी आ चरचित लोक गायक कलुआ के फिल्म ‘कलुआ भईल सयान’ 18 मई से बिहार में देखावल जाई. प्रताप फिल्म्स इंटरटेनमेंट के प्रस्तुति आकाश फिल्म्स इंटरटेनमेंट के बैनर में निर्माता शिव प्रताप सिंह आ रितेश कुमार ठाकुर, अउर सह निर्माता वीर प्रताप सिंह हउवें. रितेश कुमार ठाकुर एहसे पहिले सुपर डुपर हिट फिल्म ‘तू ही मोर बालमा’ बनवले रहले.

अरविंद अकेला उर्फ कलुआ के एह फिल्म से बतौर नायक पेश कइल गइल बा. निर्देशिक ओ.पी. कश्यप, गीतकार आर.आर. पंकज आ शशि बावला, संगीतकार राज सेन, कोरियोग्राफर जे.डी., कैमरामैन प्रिंस, अउर कथा-पटकथा आ संवाद लेखक खुद ओ.पी. कश्यप हउवें.

त सयान हो गइल कलुआ के देखे ला 18 मई, 2012 के तइयारे रहल जाव.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।