कल्पना शाह आ विजय सिंह ’मुखिया जी के लव स्टोरी’ में

kalpana-vijayफ्रेन्डस कम्बाइन क्रिएशन के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम ’मुखिया जी के लव स्टोरी’ में पहिला बेर कल्पना शाह संगे नवोदित अभिनेता विजय सिंह अभिनय करत नज़र अइहें. एकर निर्माता निर्देशक जितेन्द्र कुमार गुप्ता हउवें. फिलिम रोमांटिक होखला का साथे कॉमेडी आ मारधाड़ से भरपूर पारिवारिक मनोरंजक फिलिम होखी.

फिलहाल एकरा ला कलाकार चुने के काम चलत बा. कुल सात गो गाना बा एहमें जवन सुने में बहुते नीक लागी. गीत नीतू पाण्डेय, संगीत कल्याण सिन्हा, सह-निर्माता बिनेश गौड़, नृत्य राजीव दिनकर, आ छायांकन हीरा यादव के बा.
.
मुख्य कलाकार कल्पना शाह, विजय सिंह, शिव गुप्ता, कैलाश आ कुणाल सिंह हउवें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..