कल्लू के गीतन से गूंजल देवरिया के होली मिलन समारोह

देवरिया के नवलपुर चौराहा क लगे आयोजित एगो होली मिलन समारोह में भोजपुरी गायक अरविंद अकेला कल्लू आ निशा सांस्कृतिक कार्यक्रम परोसल लोग. अउरी गायकन में प्रमोद परदेसिया, गुड्डू आजाद, मुरली सिंह अकेला रहलें.

बिहार के बक्सर का सहजौली में चुम्मन दुबे के दोसरका बेटा का रुप में जनमल कल्लू नौ साल का उमिरे से भोजपुरी गायकी में धमाल कइल शुरू कर दिहले रहुवे. हालांकि ओकरा गाना में दुअर्थी बोल बहुते रहला का चलते ओकर आलोचनो खूब भइल. ओकर पहिलका कैसेट रहल “गवना कहिया ले जइब” जवन साल २००७ में निकलल रहे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।