कश्मीर मुठभेड़ में विदेशी समेत तीन गो आतंकी मरइले

श्रीनगर,12 मार्च (वार्ता). जम्मू कश्मीर के अनंतनाग जिला में आजु सुरक्षा बल आतंकियन से मुठभेड़ में एगो विदेशी आतंकी समेत तीन गो आतंकवादियन के मार गिरवलें.

खबर मिलल रहुवे कि इलाका में कुछ आतंकवादी लुकाइल बाड़ें त राष्ट्रीय राइफल्स, जम्मू कश्मीर पुलिस के विशेष अभियान ग्रुप अउर केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल साझा आभियान में अनंतनाग जिला के हकूरा में ओहनाी के खोजल शुरु क दिहलें.

सुरक्षा बल जब गांव के एगो खास इलाका का तरफ बढ़लें त ओह लोग पर आतंकवादी फायरिंग करे लगलें त सुरक्षा बल के जवाबी कार्रवाई में तीन गो आतंकवादियन के मार गिरावल गइल.

मराइल तीन गो में से एगो आतंकवादी पाकिस्तानी ह आ दू गो कश्मीरी. एहनी का लगे से बहुते हथियार आ गोलाबारूद बरामद भइल बा. एह आतंकवादियन में श्रीनगर के इसा फाजिल आ अनंतनाग के कोकरनाग के सैयद ओबैसी शामिल बाड़े. तिसरका के पहचान अबहीं नइखे हो पावल.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..