अपना वकील बेटी का चलते जेटली बैंक घोटाला पर चुपी लगवलें : राहुल
-


नयी दिल्ली, 12 मार्च (वार्ता). कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी आजु वित्त मंत्री पर सीधे आरोप लगावत कहले बाड़न कि बैंक घोटाला के आरोपियन का तरफ से मामिला सामने अइला से पहिलहीं वित्त मंत्री अरुण जेटली के वकील बेटी के लॉ कंपनी के बड़हन रकम दे दिहले बाड़ें आ एही चलते जेटली एह घोटाला पर चुपी सधले बाड़न.

राहुल गांधी ट्वीट क के कहले बाड़न कि – ई खुलासा भइल बा कि बैंक घोटाला के आरोपियन का तरफ से वित्त मंत्री अरुण जेटली के वकील बोटी के लॉ फर्म के बड़हन रकम के भुगतान भइल बा आ एही चलतो हमनी के वित्त मंत्री बेटी के बचावे ला पंजाब नेशनल बैंक घोटाला मामिला में चुपी सधले बाड़न.

कांग्रेस अध्यक्ष के कहना बा कि केंद्रीय जांच ब्यूरो जब आरोपी से जुड़ल दोसर लॉ फर्मन पर छापा मरले बाड़ें त वित्त मंत्री के वकील बोटी का मामिला में ऊ कुछ काहे नइखे करत. जब सीबीआई आरोपियन से जुड़ल अउरी लॉ फर्मन में छापा मारेलें त उनुका फर्म पर छापा काहे नइखन मारत.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts