कसम तिरंगा के संगीत मुहुर्त

पिछला दिने मुंबई के पंचम स्टूडियो में निर्मात्री रंजू सिन्हा आ सुदीप पाण्डेय का हाथे नारियल फोड़वा के एगो भोजपुरी फिल्म “कसम तिरंगा के” के संगीत मुहुर्त करावल गइल. देश के बचावे खातिर आपन जान दे देबे वाला नायक का कहानी पर बनल एह फिल्म के दुखान्त भोजपुरी सिनेमा के पहिला उदाहरण होखी. मुहुर्त का मौका पर रंजू सिन्हा के लिखल गीत के गायक विनोद राठौर का आवाज आ अमन श्लोक का संगीत निर्देशन में शाहिल रिकार्ड कइले. फिल्म के मुख्य कलाकारन में सुदीप पाण्डेय, लवी रोहतगी, स्नेहा, गिरी शर्मा, मनोज टाईगर वगैरह के नाम बा. निर्देशन राजेश सोनी के होई.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

3 Comments

  1. rajkumar

    khali muhurar se kaam na chali.jaldi film ke pura kari. kahe se ki film ke title bahut damdar ba

    Reply
  2. rajkumar

    sorry for muhurar(muhurat)

    Reply
  3. sushil

    Its a great effort. Bhojpuri cinema needs this kind of producer to uplift the status of bhojpuri cinema worldwide.

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *