कहीं एकरा पीछे मोदी के मारे के साजिश त नइखे

भाजपा के बड़हन नेता आ राहुल सोनिया का नाक में दम करे वाला डॉ सुब्रह्मण्यम स्वामी के कहना बा कि पीएम मोदी के स्वास्थ्य के तुरते जाँच करावल बहुते जरूरी बा आ धेयान से देखला खोजला के जरूरत बा कि उनुका देह पर कवनो महीन खरोंच त नइखे.
डॉ स्वामी के कहना बा कि मोदी के ना चाहत रहुवे कि ऊ राहुल के अपना देह से सटे देंतन. हो सकेला कि ई अँकवार मोदी के जान लेबे के साजिश होखो. जइसन कि पिछला दिने सुनन्दा पुष्कर के जान लेबे खातिर कइल गइल. अपना ट्वीट में डॉ स्वामी लिखले बाड़न कि केजीबी एह तरह के खून करावे में माहिर हउवे आ एह घरी के राजनीतिक हालात देखत मोदी के जान लेबे तक के कोशिश कइल जा सकेला.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।