कहे खातिर सभे केहू आपन, आपन कहाए वाला के बा

akhilesh-yadav
मुलायम सिंह यादव के पारिवारिक बाकिर समाजवादी नाम से जानल जाए वाला गोल सपा में गुटबाजी के कवनो सीमा नइखे लउकत. कहे खातिर सभे केहू आपन, आपन कहाए वाला के बा, जइसन हाल हो गइल बा सपा में अखिलेश यादव के. जवन नेता चाचा शिवपाल सिंह यादव से लड़ाई में अखिलेश का साथे लउकले ओह लोगन के सपा से निकाल बाहर क दीहलन चाचा शिवपाल सिंह यादव आ भतीजा अखिलेश यादव के मन मसोस के रह जाए पड़ल बा.

आजु फेरू एलान हो गइल कि मुख्तार अंसारी के गोल कौमी एकता दल के सपा में मिला लीहल गइल बा. शिवपाल सिंह यादव के हाथ में खेलेला मजबूर हो गइल मुलायम सिंह यादव एकरा पर आपन सहमति दे दीहले बतावल जात बाड़ें. शिवपाल सिंह यादव त इहो कहत बाड़ें कि अखिलेशो एह से सहमत बाड़ें. बाकिर सभे जानत बा कि पिछला बेर जब एह बाति के एलान भइल रहुवे त अखिलेश भड़क गइल रहलन. अब दुबारा फेरू कौमी एकता दल के सपा में मिला लेबे के एलान भइल बा बाकिर अखिलेश खुल के कुछ नइखन कहि सकत.

कहे वाला त इहो कहत बाड़ें कि बाप बेटा के मन मुटाव अतना बढ़ गइल बा कि एह नवरात में अखिलेश अलगा रहल शुरू क दीहें. अबहीं ले ऊ मुलायम सिंह के ओह आवास में उनुका साथही रहत रहलन जवन पूर्व मुख्यमंत्री होखला का चलते आवंटित भइल रहुवे. अखिलेश यादव मुलायम सिंह यादव के पहिलका मेहरारू से बेटा हउवन.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।