कांग्रेसिया धरना दिहले

जौनपुर 21 अक्टूबर (वार्ता) उत्तर प्रदेश मे खाद्य सुरक्षा अधिनियम लागू ना कइला आ खराब कानून व्यवस्था के विरोध मे आजु जौनपुर कलेक्ट्रेट परिसर मे कांग्रेस के राष्ट्रीय प्रवक्ता आ जौनपुर नगर के विधायक नदीम जावेद, उत्तर प्रदेश कांग्रेस कमेटी के मीडिया प्रभारी सिराज मेहदी आ सांसद रहल कमला प्रसाद सिंह के नेतृत्व मे कांग्रेसी धरना प्रदर्शन कइले.

एह मौका पर नदीम जावेद कहलन कि उत्तर प्रदेश सरकार नइखे चाहत कि गरीबन के सस्ता अनाज मिले एहीसे एहीजा अबले खाद्य सुरक्षा कानून लागू नइखे करत. साथही प्रदेश मे कानून के राज खतम हो गइल बा आ विकास के सगरी काम ठप हो गइल बा.

धरना प्रदर्शन का बाद जिलाध्यक्ष लालजीत चौहान के मौजूदगी मे राज्यपाल के सम्बोधित एगो ज्ञापन जिलाधिकारी के माध्यम से दीहल गइल.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।