कांग्रेस आ बसपा पूर्वांचल राज्य नइखन चाहत

रालोद अध्यक्ष अजीत सिंह काल्हु बनारस में अपना पार्टी के चिन्तन शिविर के आखिरी दिने अपना संबोधन में कहले कि कांग्रेस पार्टी आ बसपा पूर्वांचल राज्य बनावे का बारे में कतनो बात करसु ओह पार्टियन के मन में पूर्वाचल राज्य बनावे के बात नइखे. अगर रहीत त पूर्वांचल राज्य पहिलही बन गइल रहीत.

अजीत सिंह के कहना रहल कि यूपी के तीन राज्यन में बाँटल बहुते जरूरी बा तबे हर इलाका के सही विकास हो पाई. एह से प्रशासनो सुविधा से चल सकी. ना त बीस करोड़ के आबादी वाला अइसन बड़हन राज्य में नीमन प्रशासन दिहल संभव नइखे. बसपा सरकार के आलोचना करत कहलन कि बसपा सरकार के बिसपा, बिजली सड़क पानी, के कवनो चिन्ता नइखे. चिन्ता बा त बस इहे कि पूंजीपतियन के कइसे बेसी से बेसी फायदा चहुँपावल जा सके.

अजीत सिंह इहो कहलन कि विधान सबा चुनाव में उनुकर पार्टी कांग्रेस छोड़ दोसरा कवनो पार्टी से कवनो तरह के समझौता ना करी. वइसे अबही अकेलही चुनाव लड़े के तइयारी हो रहल बा.

यूपी विधानसभा चुनाव के चार गो बड़का खिलाड़ियन से अलग हर छोटका पार्टी के इहे ख्वाहिश बा कि त्रिशंकु विधानसभा बने जवना से एह छोटकी पार्टियन के बेसी से बेसी फायदा कमाये के मौका मिल सके.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।