कांग्रेस का सहयोग से नीतीश बहुमत साबित कर देखवलें

काल्हु बिहार विधानसभा मे विश्वासमत पर जदयू के साथे चार गो कांग्रेसी, एगो भाकपाई, चार गो निर्दलीय के वोट संगे जदयू के ११७ गो वोट मिला के कुल १२६ गो वोट मिलल. विधानसभा अध्यक्ष जदयू से हईं बाकिर एह बहुमत का चलते उहाँ के वोट करे के जरूरते ना पड़ल. दोसरा तरफ वोट डाले से भाजपा भाग चलल काहे कि ओकरा डर रहे कि वोट पड़ल त ओकर फूट सोझा आ जाई. राजद के २२ गो आ दू गो निर्दलीय नीतीश के विश्वासमत का खिलाफ वोट कइलें.

बतावल जात बा कि टिकट बँटवारा घरी आपसी सिर फुटौव्वल में नाहियो त दस जगहा से भाजपा के टिकट पर जदयू के लोग चुनाव लड़ के जीतल बा. एह लोग के निष्ठा स्वाभाविक रूप से जदयू का संगे रहेला आ डर रहे कि ई लोग जदयू का पक्ष में वोट कर दी भा वहिर्गमन कर जाई त भाजपा के जगहँसाई होखी. एह लोग पर पार्टी कवनो एक्शनो ना ले पाइत काहे कि तब स्पीकर मामिला के अगिला चुनाव ले लटका ले जइतें. नीतीश के जीत त तय रहबे कइल. से भाजपा ढेर गुणा भाग ना कइलसि आ बाहर निकल आइल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।