कांग्रेस के पूर्ण अधिवेशन दिल्ली में

अखिल भारतीय कांग्रेस के ८३ वाँ पूर्ण अधिवेशन आजु से दिल्ली में शुरु हो रहल बा जवना में शामिल होखे खातिर कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी, प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह, महासचिव राहुल गाँधी समेत कांग्रेस के तमाम नेता दिल्ली चहुँप गइल बाड़े. बतावल जा रहल बा कि एह अधिवेशन में खास कर के हिन्दू आतंकवाद पर चरचा होखी आ पार्टी हिन्दुत्ववादियन का खिलाफ खुला मुहिम चलावे के शुरुआत करी. हो सकेला कि भ्रष्टाचारो पर थोड़ बहुत बहस विचार हो जाव. इहो कहल जा रहल बा कि हिन्दू आतंकवाद के चरचा अमेरिकी राजदूत से करे का बाद राहुल गाँधी पर लाग रहल आरोपन के जवाब ऊ एहिजा देस.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..