कांग्रेस के भरोसा नइखे रायशुमारियन पर

नयी दिल्ली. 21 अक्टूबर (वार्ता) होखेवाला विधानसभा चुनावन पर हाल में आइल रामशुमारियन पर कांग्रेस एकनी के परिणाम में पड़त बहन अंतर पर चिंता जतावत एकनी के भरोसा जोग माने पर सवाल उठवले बिया.

कांग्रेस प्रवक्ता संदीप दीक्षित के कहना बा कि जवन रायशुमारी आइल बाड़ी स ओकनी के परिणामन में बहुते अंतर बा. जबकि एकही आबादी पर भइल रायशुमारी में मामूली अंतर से अधिका ना होखे के चाहीं. कहलन कि एह तरह के रायशुमारी का बारे में जान के जनता के राय पर असर पड़ेला.

पूछला पर कि का कांग्रेस रायशुमारी के रोकल चाहत बिया, संदीप दीक्षित कहलन कि उ रोक के माँग नइखन करत बस एकनी के भरोसा जोग माने पर सवाल उठावत बाड़े. एह तरह के रायशुमारियन पर भरोसा ना कइल जा सके.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।