कांग्रेस के वादा कि भाजपा के हर चाल के काट करीहें

मोदी अतना त करिए दिहले बाड़न कि गेंद ऊ फेंकत बाड़न आ खेले पड़त बा सामने वाला के. कांग्रेस के ओही मुद्दन पर बोले बतियावे के पड़ट बा जवना पर नरेन्द्र मोदी चाहत बाड़न. अब भाजपा के चुनाव समिति के एलान का बाद कांग्रेस के मनीष तिवारी कहले बाड़न कि कांग्रेस भाजपा के हर चाल पर आपन जवाब दिहल करी. कहले बाड़न कि भाजपा चाहे कतनो समिति बना लेव ओकरा कांग्रेस से मात खाहीं के पड़ी. मोदी विरोध में कांग्रेस आपन शुरूआत गुजराते से करे जा रहल बिया जहवाँ पिछला तीन आमचुनाव से ऊ अपना लगातार कोशिशो का बाद हारत आइल बिया.
कांग्रेस के कोशिश बा कि नरेन्द्र मोदी के भाषण में उठावल मुद्दा के जवाब दिहला का जगह उनुका भाषण से एकाध शब्द उठा के ओकरे पर देश के जनता आ राजनीतिक गोलन के एकोरियावल जाव. हालांकि ओकरो लागत बा कि अबकी वोट बैंक पालिटिक्स नुकसान करा दी एहसे ऊ ओह मुद्दा पर ढेर कुछ करे नइखे जात. बस कुकुर के बच्चा आ बुर्का का सवाल के घुमा के मुसलमान विरोधी बतावे के कोशिश करत रही.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।