कांग्रेस के 84वां महाधिवेशन से

कांग्रेसे देश के आगे ले जा सकेले : राहुल

कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी अपना संबोधन में भाजपा) का ओर इशारा करत कहलन कि उनुकर काम देश के लड़ावल, समाज के तूड़ल आ बांटल बा बाकिर कांग्रेस के काम देश के जोड़े के, सभके साथ ले के चले के बा. हाथ के निशान के ई ताकत कांग्रेस के हरेक कार्यकर्ता से मिलेला आ इहे ताकत देश के प्रगति का राह पर आगे बढ़ावेले.

सत्ता के अहंकार में बिया मोदी सरकार, ना नवी कांग्रेस : सोनिया

नयी दिल्ली 17 मार्च (वार्ता) कांग्रेस के 84वां महाधिवेशन के संबोधित करत कांग्रेस के अध्यक्ष रहल सोनिया गाँधी आरोप लगवली कि मोदी सरकार ‘सत्ता के मद’ में देश के सबले पुरान गोल के तबाह करे के भरसक कोशिश करत बिया, बाकिर कांग्रेस ओकरा तानाशाही तौर-तरीका का सोझआ कबो ना नवी.

सोनिया गाँधी कहली कि – अहंकारी आ सत्ता में मदमस्त सरकार कांग्रेस के तबाह करे में कवनो कसर बाकी नइखे रखले. साम, दाम, दंड, भेद सगरी तरीका लगा के ई काम करे में लागल बिया मोदी सरकार. ई सरकार तानाशाही तौर-तरीकन से विपक्ष का खिलाफ फर्जी मुकदमा चलावत बिया आ मीडिया के दबावे में लागल बिया, कांग्रेस एह सब के भरपूर विरोध करत बिया.

एके साथे चुनाव करावल अव्यवहारिक, चुनाव बैलेट से होखे : कांग्रेस

लोकसभा आ सगरी विधानसभन के चुनाव एके साथ करावे के मोदी सरकार के सुझाव के आजु सिरा से खारिज क दिहलसि कांग्रेस आ कहलसि कि चुनाव इलेक्ट्रानिक मतदान मशीन का बदले बैलेट से करावल जाव.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।