कांग्रेस देश में फिरकावाराना तनाव पैदा करल चाहत बिया

सपा नेता आजम खाँ बदायूं में आयोजित सभा में कहले बाड़न कि कांग्रेस के फिरकावाराना इतिहास रहल बा आ ऊ फेर देश में तनाव पैदा करे में लागल बिया. कहलन कि कहे खातिर त राहुल कहेलें कि कवनो मुसलमान के प्रधानमंत्री बनावल जाई बाकिर कांग्रेस का मंत्री मण्डल में गुलाम के छोड़ केहू दोसर मुसलमान मंत्री नइखे. कांग्रेस एह बयान के दुर्भाग्य वाली बतवले बिया. सुबोध कांत सहाय आजम के आलोचना करत कहलें कि अब सपा के फेर सोचे के होखी कि निकालल आजम के वापिस लिहल सही भइल कि गलत.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।