कांग्रेस महाधिवेशन में प्रधानमंत्री का भाषण का दौरान हंगामा

दिल्ली में चल रहल कांग्रेस महाधिवेशन में आजुवो बिहार से आइल से प्रतिनिधि हंगामा कइलें. आजु के हंगामा तब भइल जब प्रधानमंत्री मनमोहन सिहं सभा के संबोधित करत रहलें. बिहारी कांग्रेसियन के माँग रहे कि ओह लोग के पार्टी से निकालल जाव जे बिहार विधानसभा चुनाव में पइसा ले के टिकट बेचले जवना चलते कांग्रेस के दुर्गति हो गइल. बवाल अतना जोरदार रहल कि प्रधानमंत्री कुछ देर खातिर आपन भाषण बन्द कर दिहलन. हालांकि बाद में हंगामा का बीचे ऊ फेर बोलल शुरु कर दिहलें. काल्हुओ बिहारी प्रतिनिधि बवाल कइलें रहलें जवना चलते कुछ देर खातिर सभा के माइक वगैरह स्विच आफ कर देबे के पड़ल रहे. बाद में ओह लोग के सभा मण्डप से बाहर निकालल गइल. आजु ऊ लोग फेर मुकुल वासनिक, इमरान किदवई, कैसर वगैरह के पद से हटावे के माँग करे लागल. सबेरे जब अधिवेशन के कार्यक्रम शुरु भइल त ऊ लोग अपना माँग से जुड़ल परचा बाँटे लागल आ पण्डाल में लगावल स्क्रीनो पर ओह परचा के बड़हन बड़हन फोटो आवे लागल त स्क्रीन के बन्द कर दिहल गइल. अब कांग्रेस शान से छाती ठोक के कह सकेले कि ओह पार्टी में पूरा प्रजातन्त्र बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..