कांग्रेस महाधिवेशन में प्रधानमंत्री का भाषण का दौरान हंगामा

दिल्ली में चल रहल कांग्रेस महाधिवेशन में आजुवो बिहार से आइल से प्रतिनिधि हंगामा कइलें. आजु के हंगामा तब भइल जब प्रधानमंत्री मनमोहन सिहं सभा के संबोधित करत रहलें. बिहारी कांग्रेसियन के माँग रहे कि ओह लोग के पार्टी से निकालल जाव जे बिहार विधानसभा चुनाव में पइसा ले के टिकट बेचले जवना चलते कांग्रेस के दुर्गति हो गइल. बवाल अतना जोरदार रहल कि प्रधानमंत्री कुछ देर खातिर आपन भाषण बन्द कर दिहलन. हालांकि बाद में हंगामा का बीचे ऊ फेर बोलल शुरु कर दिहलें. काल्हुओ बिहारी प्रतिनिधि बवाल कइलें रहलें जवना चलते कुछ देर खातिर सभा के माइक वगैरह स्विच आफ कर देबे के पड़ल रहे. बाद में ओह लोग के सभा मण्डप से बाहर निकालल गइल. आजु ऊ लोग फेर मुकुल वासनिक, इमरान किदवई, कैसर वगैरह के पद से हटावे के माँग करे लागल. सबेरे जब अधिवेशन के कार्यक्रम शुरु भइल त ऊ लोग अपना माँग से जुड़ल परचा बाँटे लागल आ पण्डाल में लगावल स्क्रीनो पर ओह परचा के बड़हन बड़हन फोटो आवे लागल त स्क्रीन के बन्द कर दिहल गइल. अब कांग्रेस शान से छाती ठोक के कह सकेले कि ओह पार्टी में पूरा प्रजातन्त्र बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।