काजल राघवानी के फिलिम मुनिया के ट्रेलर रिलीज

काजल राघवानी के फिलिम मुनिया के ट्रेलर रिलीज

दू दिन पहिले यू ट्यूब पर एगो भोजपुरी फिलिम के ट्रेलर रिलीज भइल बा. आजुकाल्हु सिनेमा हाल से अधिका टीवी चैनलन पर, ओटीटी प्लेटफार्मन पर सिनेमा देखल देखावल जा रहल बा. आ भोजपुरी फिलिमन का बारे में नया नया जानकारी खोजे देखे सुने ला यू ट्यूब से सहज कवनो दोसर माध्यम नइखे. बीच बीच में अंजोरिया पर एह तरह से मिलल जानकारी सोझा कइल जात रहेला. दुख एह ला होखेला कि भोजपुरी फिलिम भा वीडियो बनावे पर लाखौ खरच कर देबे वाला निर्माता लोग अपना फिलिमन के प्रचार प्रसार ला भोजपुरी वेबसाइटन के सहारा लेबे के कोशिश ना करसु. आ पीआरओ लोगो बहुते लापरवाह हो गइल बा. खैर.

भोजपुरी फिलिम मुनिया गाँवन में भयंकर बेमारी का तरह मौजूद बा. अइसने एगो कहानी पर एह फिलिम के बनावल गइल बा. ट्रेलर देखला का बाद हमरा तइहे लागल कि ई पारिवारिक फिलिम का रुप में देखल जा सकेला.

मुनिया फिलिम के मुख्य कलाकारन में काजल राघवानी, रितेश उपाध्याय, किरण यादव, आराध्या पांडेय, प्रेम दुबे, कौशल शर्मा, राम सिंह, जे पी सिंह, रितु चौहान, गोपाल चुहाना, अनीता ओझा, सीमा सिंह, अशोक गुप्ता, संगीता राय, के.के.राजा वगैरह के नाम दीहल गइल बइल बा. बैनर श्री आद्या एंटरटेनमेंट के बा आ एकर गाना एंटर10 रंगीला पर परोसल गइल बा. निर्माता हउवें विनय सिंह आ मंजुल ठाकुर. निर्देशक हउवें अनिल नैनन. कथा-पटकथा मंजुल ठाकुर के नामे बा त संवाद ओम प्रकाश यादव का नामे. संगीतकार हउवें ओम झा आ गीतकार हउवें प्यारे लाल यादव अउर राकेश निराला. फिलिम के छायांकन सिद्धार्थ सिंह कइले बाड़न त संकलन समीर शेख. कोरियोग्राफी पप्पू खन्ना के, कला निर्देशक नजीर शेख, कास्ट्यूम विद्या-विष्णु के, आ ध्वनि रिकॉर्डिंग राज वर्मा के कइल हवे.

रउरा यूट्यूब पर एह ट्रेलर के देख सकीलें आ ओहिजे रउऱा जानकारी मिल जाई कि कहवां एह फिलिम के पूरा के पूरा देखल जा सकेला.

एह लेख का साथे दीहल गइल फोटो एही ट्रेलर से लीहल गइल बा.
काजल राघवानी, मुनिया, भोजपुरी फिलिम, रितेश उपाध्याय,

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..