कानून का खामी से दुराचारी के सजा ना दिहल जा सकल

कबो कबो कानून का खामी से भुक्तभोगी अउरी भोगे के मजबूर हो जाला आ अपराधी आनन्द उठावेला. हालही में चीन के एगो अदालत एगो आदमी के एगो नवजवान का साथ समलैंगिक बलात्कार के दोष खातिर कवनो सजाय ना दे पावल काहे कि कानून का परिभाषा में अइसनका कवनो अपराध हइये नइखे ! ओहिजा कानून बनावे वाला सोचियो ना पवलें कि कवनो मरद दोसरा मरद का साथ बलात्कार कर सकेला. अब आवाज उठ रहल बा कि जल्दी से कानून के एह खामी के दूर कइल जाव ना त एह तरह के अपराध बेहिसाब बढ़ जाई.

अइसनके एगो बेहूदा कानून नेपाल में बा जवना में सड़क दुर्घटना का बाद दुर्घटना करे वाला वाहन चालक के कोशिश रहेला कि घवाहिल बाच मत जाव आ कई बेर ऊ गाड़ी वापिस घुमा के ओकरा के तबले कचारेला जब ले ओकर मौत पक्का ना हो जाव. एकरो पीछे कानून के खामी बा जवना में दुर्घटना में केहू के मौत पर कम मुआविजा बा आ घवाहिल खातिर बेसी.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।