कान फिल्म फेस्टिवल से बुलावा आइल मनोज तिवारी ला

सिनेमा भोजपुरी के मेगास्टार आ गायक मनोज तिवारी क आवाज़ अब कान फिल्म फेस्टिवलो में सुनल जाई. मनोज तिवारी के गाना से सज पहिलका हिन्दी फिल्म ‘गैंग ऑफ वास्सेपुर’ के कान फिल्म फेस्टिवल में शामिल कइल जात बा. एह फिल्म में मनोज तिवारी के गावल गाना ‘बिहार के लाला….’ एह घरी खूबे चरचा बटोरत बा. एह गाना वाला प्रोमो लोग के खूबे लुभावत बा.

अनुराग कश्यप क फिल्म ‘गैंग ऑफ वास्सेपुर’ का ज़रिये कान के नेवता मिलला से मनोज तिवारी बहुते खुश बाड़न. कहत बाड़े कि ‘ई एगो अइसन सपना साँच हो गइल बा जवन हम देखलहु ना रहनी. ई गीत चैनल वी, एम टीवी से लिहले हर म्यूजिक चैनल पर निकहा लोकप्रियता बटोरत बा. एह गाना के लोकप्रियता का पीछे संगीतकार स्नेहा खानविलकर आ गीतकार वरुण ग्रोवर क कुशलता अउर अनुराग कश्यप के दक्षतो शामिल बा. हमरा आवाज़ के अतना बढ़िया इस्तेमाल करे खातिर हम एह लोग के आभारी बानी.’

मनोज तिवारी भरोसा दिहले बाड़न कि एह कान फिल्म फेस्टिवल में ऊ पूरा भोजपुरिया अंदाज़ में शामिल होखीहें. निर्देशक अनुराग कश्यम क बेहद महत्वकांक्षी फिल्म ‘गैंग ऑफ वास्सेपुर’ 65वाँ कान समारोह में देखावल जाई. ई समारोह 16 मई से शुरु हो गइल बा. अनुराग कश्यप कहलें कि उनुका कान ले चहुँपे मे ढेर समय लागल. कहलन कि ‘कान समारोह फिल्मकारन ला मक्का हवे, लोग सोचेलें कि जवन फिल्म कान में जात बिया ऊ एगो कला फिल्म होखी. बाकिर हमार फिल्म खाँटी व्यावसायिक फिल्म हवे. हमरा ला कान में शामिल होखल बहुते गौरव क बात बा.’

मनोज तिवारी का बारे में अनुराग कहलन कि बिहारी पृष्ठभूमि पर बनल एह फिल्म से मनोज तिवारी के अलगा राखे के सोचलो ना जा सकत रहे.

अनुराग के कहना बा कि ‘गैंग ऑफ वास्सेपुर’ उनुकर सबले मंहगी फिल्म हवे. फिल्म दू हिस्सा में बनल आ एकर लंबाई पाँच घंटा से बेसी बा. बिहार के पृष्ठभूमि पर बनल एकर कहानी बदला के भावना पर बा. फिल्म के मुख्य कलाकारन में मनोज वाजपेई, हुमा कुरैशी, तिगमांशु धूलिया, नवाजुद्दीन सिद्दीकी अउर रीमा सेन क मुख्य भूमिका बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिंहा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।