काम का चक्कर में खाइल भुला देले विनय आनन्द

अपना समय के पाबन्दी वाली छवि बरकरार राखत भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार विनय आनन्द में अबही ले स्टार वाला नखरा नइखे आइल. काम पर समय से पहुँचे खातिर ऊ खाना नाश्ता छोड़ के चल देले. कई बेर त इहो होला कि ऊ गाड़ी चलावत रहेले आ उनकर सहायक उनुका के नाश्ता करावत रहेला. पिछला दिने चाइना क्रीक में देर रात ले “एलान ए जंग” के शूटिंग का बाद अगिला दिने फिल्म सिटी में अपना शूटिंग खातिर ऊ ठीक नौ बजे चहुँप गइले. ई देख पूरा युनिट के लोग दंग रह गइल. निर्देशक रवि सिन्हा विनय आनन्द के एह बात खातिर प्रशंसा करत कहले कि ऊ विनय आनन्द का साथे तीन गो फिल्म कर रहल बाड़े आ काम करे में आनन्द आवत बा. विनय आनन्द अपना काम का प्रति समर्पित कलाकारन में गिनल जाले आ सभे एह खातिर उनकर आदर करेला.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।