कार्पेट बांबिंग जइसन चुनाव प्रचार

भाजपा के चुनाव प्रचार ओइसने तरह के हो रहल बा जइसे कि हवाई हमला में कार्पेट बांबिंग करे में कइल जाला. एके साथे कई जगह हमला क के दुश्मन के सम्हरे के मौका मत दीहल जाव. एकरे के कार्पेट बांबिंग कहल जाला. आजु बिहार के तिसरका दौर के चुनाव ला भाजपा नीत राजग का तरफ से 36 गो नेता कुल मिला के 66 गो जनसभा करे में लागल बाड़े. काल्हु 25 आ परसों 26 के पीएम मोदी बिहार चुनाव प्रचार के कमान सम्हरले रखीहें. 26 के चुनाव प्रचार बन्दो हो जाई एहसे बाकी नेता लोग ला आजुए के दिन आखिरी मौका बा. आजु अमित शाह के चार गो, सुशील मोदी, नरेन्द्र सिंह, कलराज मिश्र, जीतन राम माँझी, रामविलास पासवान आ चिराग पासवान के छह छह गो, अउर वित्त मंत्री अरुण जेटली, आ केंद्रीय मंत्री अनंत कुमार के दू दू गो जनसभा होखत बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।