"कालिया" क आडियो 'नरजिस म्यूजिक' पर

भोजपुरी सिनेमा के बढ़ावा देबे आगा आइल ‘नरजिस म्यूजिक’ कम्पनी पिछला दिने बहुचर्चित फ़िल्म ‘कालिया’ क आडियो म्यूजिक पूर भारत में लान्च कर दिहलसि. अबले भोजपुरिया संगीत प्रेमियन ले पच्चीस हज़ार सी०डी० चहुँपवला का बाद फेर बिहारे से पन्द्रह हज़ार सी० डी० के नया डिमान्ड आ गइल बा. इहे देखावत बा ‘रंगबाज मार्केटिंग’, जवन दोसर कंपनी ना करऽ सँ. नरजिस म्यूजिक कम्पनी फिलिमन के पब्लिसिटी फोकट में करेले जेहसे कि भोजपुरी सिनेमा आगे बढ़ो आ एकरा संगीत के डिमान्ड बढे.

‘नरजिस म्यूजिक’ कम्पनी के सी० एम्० डी० आ अभिनेता हैदर काज़मी साबित कर देखवलन कि जब आडियो के मार्केटिग बढ़िया से होखी तबे म्यूजिक के डिमांड बढ़ी आ जब म्यूजिक हिट हो जाई त फिलिमवो के हिट होखे के चानस बढ़ि जाई. काहे कि लोग बरबस खिंचाइल चलि आई सिनेमा देखे.

‘नरजिस म्यूजिक’ कम्पनी अबही ले ‘रंगबाज़’, ‘एलान’, ‘राजा से रानी के प्यार हो गईल’, ‘लागी अईसी लगन’, ‘डाक्टर बाबू’, ‘हमार संगी बजरंगी’ अउर ‘घायल शेर’ वगैरह फिलिमन के म्यूजिक रिलीज कइले बिया जवना से ओह फिलिमन के निर्माता लोग के खासा फायदा मिलल बा.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।