कालिया फिल्म में दबंग औरत के किरदार में सी॰पी॰भट्ट

हर तरह के किरदार सहजे निभा लेबे वाला अभिनेता सी० पी० भट्ट के शगुनिया कहल जाई कि अबले ऊ जतना फिलिम में काम कइलन, सगरी बॉक्स ऑफिस पर सफल रहली सँ. जइसे कि “कहाँ जइबा राजा नजरिया लड़ाई के”, “भईया के साली ओढ़निया वाली”, “साजन चले ससुराल”, “रंगबाज़” वगैरह. एहू साल उनुकर अनेके फिलिम रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ जवनन के सफल होखे के पूरा उमेद बा काहे कि सगरी फिलिम के तकनीकि पक्ष बहुते मजबूत बा.

सी॰पी॰भट्ट ए॰एस॰सी॰ डिजिटल प्रा॰लि॰ के बैनर में शिवराम यादव निर्देशित फिलिम “कालिया” का एगो सीन में दबंग औरत के किरदार करत नजर अइहें. हालांकि एह फिलिम में उनुकर हीरोइन बाड़ी चर्चित आईटम डांसर अलीशा जिनका साथे प्यार, रोमांस करत आ गीत गावत नज़र अइहें सीपी. एह फिल्म का हर सीन में सी०पी० भट्ट अलग-अलग रूप धइले बाड़े आ हद त तब हो गइल जब एगो सीन में ऊ कोठावाली दबंग बाईजी के रूप धइले बाड़े.

सी॰पी॰भट्ट के आवे वाली फिलिमन में घात, प्यार हो जाला, धनिया के थाना, अँधा कानून, काली, यादव पान भंडार, मेहरारू जिंदाबाद, इ है मुंबई नगरिया तू देख बबुआ वगैरह का अलावे दू गो हि्दीओ फिलिम बाड़ी स “वी लव मुंबई” आ “मुखौटा (द सोल)”.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।