‘कालिया’ बन जहानाबादो में रंगबाजी देखवलन हैदर काज़मी

यूपी बिहार के असली रंगबाज हैदार काजमी पिछला दिने फेर आपन रंगबाजी देखवलन जब जहानाबाद में पहिला बेर कवनो फिलिम के शूटिंग भइल. फिल्म रहल “कालिया” आ एकरा शूटिंग खातिर काजमी कवनो विशेष सुरक्षा ना लिहलन. तीस दिन ले डेढ़ सौ लोग के यूनिट बिना कवनो डर फिकिर के शूटिंग कइलसि आ शूटिंग पूरा करा के हैदर काजमी अपना यूनिट का साथ वापिस भइलन.

बिहार के अपराध जगत पर बनत ई फिल्म ‘कालिया’ खातिर हैदर काजमी आ निर्देशक शिवराम यादव पूरा उत्साह में बाड़े. फिलिम जल्दिये रिलीज होई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..