‘कालिया’ से रातो रात हॉट बन गइले हैदर काजमी

साउथ के सुपर स्टार रजनीकांत आ हिंदी सुपर स्टार आमिर खान क तरहे भोजपुरी सिनेमा के रंगबाज स्टार हैदर काजमी ओ सबले पहिले स्क्रिप्ट देखेलें आ स्क्रिप्ट भा गइल तबहिये हाँ कहेलें. हैदर काजमी के आजु काल्हु पूरा भोजपुरी वर्ल्ड बधाई देत बा काहे कि उनुकर ‘कालिया’ के फस्ट लुक लोग के खूबे पसंद आइल बा. हैदर काजमी के त पहिलही से कहना बा कि सिनेमा भोजपुरी में बढ़िया कलाकारन के कमी बा आ अब इहो बात एकदमे साँच साबित भइल बा. हैदर के कहना ह कि भोजपुरी स्टार आजु सिरिफ पइसा देखेलें जबकि उनुका स्क्रिप्ट आ टायटल का साथे प्रचारो के तरीका पर ध्यान देबे के चाहीं. हैदर काजमी के आपन कवनो लॉबी नइखे. ऊ लॉबी पर ध्यानो ना देसु आ साफे कहेलें कि सगरी लोग हमार आपने ह आ हमार कवनो लॉबी नइखे.

‘कालिया’ के फर्स्ट लुक देखके हैदर काजमी का लगे दस से अधिका फिलिमन के ऑफर आइल बाकिर ऊ सिरिफ चुनिंदे फिलिम करीहें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।