‘काहे कईलऽ हमसे घात’ के प्रीव्यू शो

रीगल थियेटर फिल्म्स के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘काहे कईलऽ हमसे घात’ के प्रीव्यू शो पिछला दिने मुंबई के फन रिपब्लिक थियेटर, अंधेरी (पश्चिम) में देखावल गइल. एह फिल्म में देखावल गइल बा कि प्यार, मोहब्ब्त के झाँसा देके कवना तरह आजु के लड़िका भोली भाली लड़िकियन के अपना मोहजाल में फंसाके ओकनी के दैहिक शोषण करेले आ फेर उनुका के मरे ला मजबूर कर देले. एही सब का चलते फिल्म के नायिका रानी के प्यार, मोहब्बत आ लड़िकन का जाति से नफरत हो जात बा. बाद में उनुका जिनिगी के एगो मोड़ पर फिल्म के नायक राजन से भेंट होखत बा त रानी के भ्रम मेटा जाता कि सगरी लड़िका एके लेखा ना होले आ ऊ राजन से प्यार करे लागत बाड़ी. लेकिन जब उनुका पता चलत बा कि प्यार के नाम पर ओकरो साथे एगो षड्यंत्र रचात बा त ओकरा गोड़ तरे से जमीन घसक जाता.

एक्शन से भरपूर एह फिल्म के म्यूजिक एगो मजबूत पक्ष बा, मनोरंजन का साथे-साथ एह फिल्म में एगो संदेशो बा. फिल्म के निर्माता मुन्ना रिज़वी, निर्देशक संगीत कुमार, संगीतकार राज सेन, गीतकार एस. कुमार, कैमरामैन रवि चंदन, नृत्य निर्देशक एंथोनी, संवाद लेखक मनोज के. कुशवाहा आ सह-निर्माता हउवे शिवा चौधरी अउर कमर कुरैशी. फिल्म के कलाकारन में रानी चटर्जी, विराज भट्ट, राज प्रेमी, बृजेश त्रिपाठी, सूर्या, सी.पी. भट्ट, मेहनाज, अयाज खान, के.के. गोस्वामी, राम मिश्रा, रानी खान, डा. अभय आशियाना, पुरनेला राय वगैरह के खास भूमिका बा.

एह प्रीव्यू शो का अवसर पर संजय पंजियार एस.एस. ललित, लियाकत गोला, हैदर काजमी, उत्तम कुमार, श्रीकनकनी, अश्विनी वर्मा आ यूनिट के सगरी लोग मौजूद रहुवे.


(समरजीत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।