‘काहे कईलऽ हमसे घात’ के म्यूजिक रिलीज कइलन राजा भईया

रिगल थियेटर के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘काहे कईलऽ हमसे घात’ के म्यूजिक पिछला दिने लखनऊ में कैबिनेट मंत्री कुंवर रघुराज प्रताप सिंह उर्फ राजा भईया रिलीज कइलन. एह फिल्म के निर्माता मुन्ना रिज़वी, निर्देशक संगीत कुमार, गीतकार एस. कुमार, संगीतकार राज सेन, नृत्यनिर्देशक एंथोनी, एक्शनमास्टर रियाज सुल्तान, संवादलेखक मनोज के. कुशवाहा, कैमरामैन रवि चंदन अउर सह-निर्मता शिवा चौधरी आ कमर कुरैशी हउवें.

कलाकारन में रानी चटर्जी, विराज भट्ट, राज प्रेमी, बृजेश त्रिपाठी, सूर्या, सी.पी. भट्ट, मेहनाज, अयाज खान, के.के. गोस्वामी, राम मिश्रा, रानी खान, डा. अभय आशियाना खास भूमिका में बावे लोग. आइटम सांग पुरनेला राय चौधरी पर फिल्मावल बा.

न्यू रौनक फिल्म्स एही महीना एकरा के बिहार आ झारखण्ड में रिलीज करी.


( समरजीत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..