का मोदी के यू.पी.पुलिस पर भरोसा नइखे…

शायद भाजपा के पीएम उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के यूपी पुलिस पर भरोसा नइखे आ एहीसे कानपुर में 19 अक्टूबर के होखे वाला रैली के सुरक्षा व्यवस्था देखे गुजरात पुलिस के वरिष्ठ अधिकारी आवत बाड़े.

यूपी पुलिस के एगो बड़ अधिकारी यूनीवार्ता के बतवले कि पुलिस उपमहानिरीक्षक स्तर के अधिकारी के नेतृत्व मे गुजरात पुलिस के टीम एहीजा आवत बिया. टीम के दू जने आ चुकल बाड़े आ बाकीओ लोग आवते बा.

गुजरात पुलिस के टीम पहिले लखनऊ में पुलिस महानिदेशक कार्यालय मे बड़ अधिकारियन से भैंट करी आ तब कानपुर जाई. ओहिजो सभा स्थल पर जाए से पहिले कानपुर के स्थानीय पुलिस अधिकारियन से भेंट करी.

उत्तर प्रदेश मे भाजपा के एह पहिलका चुनावी रैली के नाम प्रदेश अध्यक्ष लक्ष्मीकांत बाजपेयी विजय शंखनाद रैली रखले बाड़न. इहे नाम बाकीओ आठ रैलियन के रही. आखिरी रैली के नाम बाद में तय होखी.

मोदी के कार्यक्रम के जानकार देते प्रदेश अध्यक्ष बतवलन कि मोदी दुपहरिया 02.35 पर मैदान पर आ जइहे आ साँज 04.45 पर वापस जाए ला निकलीहें.

एह बीच रैली के व्यवस्थापक बतावत बाड़न कि नरेन्द्र मोदी के सुरक्षा ध्यान मे राखत मंच बनावल जात बा. एकरा मे वास्तु से अधिका सुरक्षा आ व्यवहारिक पक्ष पर धेयान दीहल जात बा. कह ता लोग कि तीन गो मंच बनावल जाई. बीच वाला मंच एक सौ फीट लमहर, तीस फीट चौडा आ दस फीट ऊंच होखी, एह मंच पर मोदी आ पार्टी अध्यक्ष राजनाथ सिंह का साथे दस बारह गो राष्ट्रीय नेते मौजूद रहीहें.

नरेन्द्र मोदी के रैली के युद्धस्तर पर प्रचार होखत बा आ पार्टी आपन पूरा ताकत झोंक दिहले बिया. रैली में ना आ पावे लोग मोबाइल पर भाषण सुन सकी. फोन नंबर 02245014501 डायल करके लोकल रेट पर भाषण सुनल जा सकी.

एह रैली कानपुर मे सिरिफ इटावा, मैनपुरी, कन्नौज, फर्रुखाबाद, औरैय्या, आ कानपुर देहात के भाजपा कार्यकर्तन के बोलावल गइल बा. बाकी जगहा के लोग के मना कइल गइल बा एह रैली में आवे से काहे कि ओह भीड़ लायक मैदान नइखे.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *