किताबि आ पत्रिका के परिचय – 5

 

ret-ke-safar“रेत के सफर” आसिफ रोहतासवी के एगो गजल संग्रह हटे, जवना के प्रकाशन सन् 2010 में वनांचल प्रकाशन, तेनुघाट साहित्य परिषद्, सिंचाई कॉलोनी, तेनुघाट (झारखंड) से भइल बा. एकर कीमत 125 रुपिया बाटे.

 

आसिफ रोहतासवी भोजपुरी गजल का क्षेत्र में एगो स्थापित नाम बा. इहाँके एह संग्रह के एगो काव्यांश देखल जाव. एह्में इहाँका अपना रचना प्रक्रिया पर भी टिप्पणी दे रहल बानी-

जीव छछनल बा, छटपटाइल बा,

अइसहीं का गजल कहाइल बा !

जी, बुताला पियास पानी ले,

पेट के आग कब बुताइल बा !

(“रेत के सफर” से)

 

– डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल

ramraksha.mishra@yahoo.com

 

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..