किदाम्बी श्रीकांत बनले दुनिया के शटलर नंबर वन


नयी दिल्ली, 12 अप्रैल (वार्ता). गोल्ड कोस्ट में चल रहल 21वां राष्ट्रमंडल खेलन में विजयी रथ पर सवार भारत के स्टार शटलर किदाम्बी श्रीकांत आजु बियफे का दिने टटका जारी भइल विश्व बैडमिंटन रैंकिंग में पहिला बेर दुनिया के नंबर एक खिलाड़ी बन गइलें.
श्रीकांत गोल्ड कोस्ट में अपना खेल के शुरुआत विश्व के नंबर दू खिलाड़ी का रूप में कइलन बाकिर बियफे का दिने जारी बीडब्ल्यूएफ विश्व रैंकिंग में ऊ एक सीढ़ी उपर चढ़ि के नंबर वन बन गइलें. ई उनुका करियर के सर्वश्रेष्ठ रैंकिंग ह. भारतीय शटलर श्रीकांत साल 2017 में चार गो सुपर सीरीज़ खिताब अपना नामे करे के रिकार्ड बनवले रहलें.
25 वर्षीय शटलर के अब सबले बेसी 76895 रेटिंग अंक हो गइल बा. ओहिजे डेनमार्क के विक्टर एक्सेलसन के एक सिढ़ी नीचे उतरे के हड़ल बा आ अब ऊ दूसरा नंबर पर आ गइल बाड़ें.
किदम्बी श्रीीकांत दुनिया के 10 गो माथ बैडमिंटन खिलाड़ियन में भारत के माथ खिलाड़ी आ अकेलहुं बाड़न.
गोल्ड कोस्ट में मिश्रित टीम बैडमिंटन स्पर्धा में मिलल जीत में श्रीकांत के अहम भूमिका रहल आ फाइनल में ऊ पहिले नंबर वन रहल मलेशिया के ली चोंग वेई का खिलाफ आपन अहम एकल मैच जीतलें. पिछला बरीस अक्टूबर में श्रीकांत डेनमार्क ओपन खिताब जीतले रहलें आ ई उपलब्धि हासिल करे वाला ऊ प्रकाश पादुकोण का बाद दुसरका भारतीय शटलर हउवें.
एकरा अलावा सायना नेहवाल का बाद एक ही साल में तीन गो सुपर सीरीज़ खिताब जीते वाला ऊ देश के पहिलका पुरूष बैडमिंटन खिलाड़ीओ हो गइलें. श्रीकांत फ्रेंच ओपन खिताब जीतला का बाद रैंकिंग में चउथा जगहा से उठके दुसरका जगहा चहुँपल रहलन.
महिला एकल में भारत के पीवी सिंधू अपना तीसरा स्थान आ सायना नेहवाल अपना 12वां स्थान पर बरकरार बाड़ी. महिला युगल, पुरूष युगल आ मिश्रित युगल में फिलहाल माथ दस गो खिलाड़ियन में भारत के कवनो खिलाड़ी के नाम नइखे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।