किरण यादव के ‘जय पंडित’

kiran-yadavसिनेमा भोजपुरी में निरुपा रॉय मानल जाए वाली अभिनेत्री किरण यादव एह घरी बिहार के मधुबनी में अपना फिलिम ‘जय पंडित’ के शूटिंग करत बाड़ी. भोजपुरी फिलिमन में किरण यादव सुपर हिट महतारी मानल जाली. आ जइसे निरुपा रॉय के हर फिलिम हिट हो जात रहल ओही तरह किरण यादवो के हर फिलिम हिट होखेले.

‘निरहुआ रिक्शावाला’, ‘रिक्शावाला आई लव यू’ अउर ‘धड़केला तोहरे नावे करेजबवा’ एकरे साफ उदाहरण बाड़ी स. बनारस के रहे वाली किरण यादव भोजपुरीए में ना हिंदीओ फिलिमन में कामयाबी बरसवले बाड़ी जवनन में ‘गैंग ऑफ वासेपुर’ खास बा. किरण यादव के आवेवाली फिलिमन में ‘दूध का कर्ज’, ‘लहू के दो रंग’, ‘बगावत एक आग’, ‘सईयां अरब गईले ना’ बाड़ी स.


(ब्रेकिंग मैक्स मीडिया)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।