एक पल देश के असली हीरोवन क नामे
-

AkshraSinghहमनी के देश के सेना के जवान अपना जान के बाजी लगा के एह देश के सुरक्षित राखेले आ ओही लोग का बलिदान का चलते हमनी का सुरक्षित रहीले. कहल जाव त सेना के जवाने असली हीरो हउवें जिनका पर हमनी सभ के गर्व होला. एही सैनिकन ला पिछला दिने अभिनेत्री अक्षरा सिंह अंजन टी वी ला एगो शो कइली जवना के अगिला 26 जनवरी के देखावल जाई. एह शो में देश के असली हीरोवन का बीच ओह लोग से बतिया के ओह लोग के दुःख सुख में शामिल होखे के कोशिश कइले बाड़ी अक्षरा.

एह शो में अक्षरा सैनिकन के सम्मान, आत्मबल, यश, कीर्ति, मनोबल आ देश खातिर समर्पित हो जाए वाला जज्बा के सलाम करीहें. साथ में रहीहें मनोज तिवारी जे अपना बात आ गीतन से एह शो के अउरी शानदार जानदार बना दीहें.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..