"लहू के दो रंग" बजवलसि कामयाबी के डंका
-

lahu-ke-do-rang-posterपिछला साल 2012 में हालांकि अनेके भोजपुरी फिलिमन के दर्शक पसंद कइलें बाकिर “लहू के दो रंग” के जादू ओह लोग का माथे चढ़ के बोलल. फिलिम साल के 2012 ब्लॉकबस्टर साबित भइल. एह कामयाबी के मायने तब अउर खास हो जाई जब जानब कि ई बड़हन फिलिमन का बीचे रिलीज होखला का बावजूद ई सफलता लिहलसि.

कसल पटकथा आ नया तरीका के प्रस्तुतीकरण का साथे नवोदित अभिनेता राजेश राज के धमाकेदार एक्टिंग एकरा के अइसन बना दिहलस जइसन फिलिम के दर्शक ढेर दिन से तिकवत रहले. पूरा तरह से फैमिली ऑडियंस ला बनल ई फिलिम भोजपुरिया लटका-झटका से एकदमे फरका रहल आ बावजूद एकरा बॉक्स ऑफिस पर आपन दबंगई देखावत सभका के चउँकवलस

खेसारी लाल, अंजना सिंह आ राजेश राज स्टारर एह फिलिम के रंग अबहियों दर्शकन पर चढ़ल बा. एह फिलिम से भोजपुरी इंडस्ट्री में एगो नया सितारा राजेश राज के जनम भइल बा जिनकर मजबूत आ लम्बा-चौड़ा कद-काठी में दर्शकन के एगो मुकम्मल एक्शन हीरो के अक्स नजर आइल बा. आजु राजेश राज इंडस्ट्री के हॉट केक बन गइल बाड़ें आ हर तरफ उनका कामयाबी के चरचा होखत बा.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts