किरण यादव देखवली महतारी के मोल

kiran-yadavसिनेमा भोजपुरी के चर्चित अदाकारा किरण यादव अपना हालिया रिलीज फिलिम ‘लहू के दो रंग’ में एगो दुल्हिन से शुरू कर के महतारी आ फेर दादी तक के किरदार कर के देखा दिहली कि महतारी के मोल का होला. एह ऐतिहासिक रोल खातिर किरण यादव जी जान लगा दिहले रही. परिणाम भइल कि जेही ‘लहू के दो रंग’ फिलिम देखत बा सभका आपन महतारी याद आ जात बाड़ी आ लोग रो देत बा. बाहर निकल के एक न एक बेर लोग जरूरे अपना माई से फोन पर बतिया के ओकर हाल चाल ले लेत बा.

आजुकाल्हु किरण यादव बिहार के मधुबनी में अपना फिलिम ‘जय पंडित’ क शूटिंग करत बाड़ी,


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

Submit a Comment