किसान के बेटी बनल बिहार के शान

NehaShree
सुनीता बिलियम्स आ कल्पना चावला हिंदुस्तान के लड़िकियन में अइसन जोश जगवली कि एगो किसान के बेटी कुसुम बिहार के शान बन गइल. बिहार के इंटरमीडिएट परीक्षा में सगरी बिहार में अव्वल आ के कुसुम आपन परचम फहरा दिहली.

मैनास प्रोडक्शन प्रा लि के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘सजना मँगिया सजाई द हमार’में कुसुम के किरदार में नेहा श्री बिहार इंटरमीडिएट परीक्षा में पहिला जगहा पा के देखा देत बाड़ी कि बेटा बेटी में कवनो फरक ना के समुझे चाहीं. आजुकाल्हु बेटियो बेटन साथे कान्ह से कान्ह मिल के चलत बाड़ी सँ.

फिलिम के कथाकार एल बी शास्त्री, पटकथा आ संवाद लेखक ‘ओढनिया कमाल करे फेम’ ओम प्रकाश यादव, निर्माता जगदीशपुर के हलचल सिंह, निर्देशक बागी बलिया के ओम प्रकाश यादव, कार्यकारी निर्माता डॉ कुलदीप सिंह, छायांकनकर्ता विनोद के शर्मा, गीतकार-संगीतकार राकेश निराला, कला निर्देशक विजय दास, नृत्य निर्देशक मयंक अशोक आ गणेश के सपना, मारधाड़ मास्टर जग्गू साठे, संकलनकर्ता कुणाल प्रभु हउवें.

एह महिला प्रधान फिलिम के मुख्य कलाकारन में नेहा श्री, अरविन्द अकेला ‘कल्लू’, अर्चना सिंह, रविराज ‘दीपू’, मनोज सिंह टाईगर, बालेश्वर सिंह, सी पी भट्ट, अमित कुमार, प्रीति सिंह, शफीक रंगरेज़, सुनीता शर्मा, उमेश सिंह, चन्दन कश्यप अउर महाभारत के द्रोणाचार्य फेम सुरेन्द्र पाल के नाम बाा.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।