’कुंदन म्यूज़िक एंटरटेन्मेंट’ लॉंच कइलसि ’भक्ति सागर’

kundan-musicबिहार के छपरा ज़िले में शुरू भइल संगीत कम्पनी ’कुंदन म्यूजिक एंटरटेन्मेंट’ पिछला दिने आपन पहिला म्यूजिक वीडियो अलबम जारी कइलसि. एह अलबम में कविराज के लिखल आ अनिल हजारिया के संगीतबद्ध कइल आठ गो गीत बा. वीडियो डायरेक्टर संतोष के. वर्मा आ निर्माता हउवें जय किशोर सिंह.

एह अलबम के गीत अनूप जलोटा, साधना सरगम, विनोद राठौड़, ऋतु पाठक वगैरह का आवाज में बा. बतावल जात बा कि एह अलबम क बाद दू गो अउर म्यूजिक अलबम जारी होखे वाला बा जवना के गायक रहीहें जावेद अली आ साहिल रेयान. कुंदन म्यूजिक एंटरटेन्मेंट हिन्दी, भोजपुरी आ मराठी अलबम बनाई. साथही आगे चल के फिलिमो बनावे के काम करी कंपनी. पहिला फिलिम भोजपुरी में बनी जवना के एलान जल्दिए होखे वाला बा.

जय किशोर सिंह के एह म्यूजिक कम्पनी के व्यवस्थापक बाड़ें निर्देशक संतोष के. वर्मा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।