कुंभ नहा अइली गुंजन पन्त

gunjanहर बारह साल पर लागे वाला इलाहाबाद के महा कुंभ में करोड़ो लोग नहाए आवेला. एह महाकुंभ में कुछ पावन नहान का दिने शाही नहान होला आ अइसने शाही नहान का दिने सिनेमा भोजपुरी के चर्चित अभिनेत्री गुंजन पन्त त्रिवेणी संगम में डुबकी लगा अइली. पूजा पाठ में रूचि राखे वाली गुंजन पन्त एह महाकुंभ में अपना माई आ छोट बहिन समेत पूरा परिवार संगे आइल रही.

गुंजन पन्त आपन बनत फिलिम “भईल तोहरा से प्यार” के शूटिंग ख़तम कइला का तुरते बाद इलाहाबाद ला रवाना हो गंइल रही. एह महाकुम्भ में गुंजन के सबले बेसी खुशी तब मिलल जब झूलेवाला बाबा उनुका के बोला के आशीर्वाद दिहलन.

बाकिर उनुका एह बात के दुखो भइल कि अइसन पावन कुंभ स्नान पर आवे वाला भारी भीड़ के इन्तजाम ठीक ना रहल जवना चलते इलाहाबाद स्टेशन पर हादसा हो गइल. हादसा में मरल लोग के शांति ला प्रार्थना करत गुंजन उमेद जतवली कि आगा से प्रशासन एह तरह के हादसा दुबारा होखे से रोके के पूरा इन्तजाम करी.


(अपना न्यूज़)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..