कुकर्मियन से समझौता का बादो मुकदमा बंद ना हो सके

देश के सुप्रीम कोर्ट मंगल का दिने एगो मामिला के सुनवाई करत कहलसि कि कुकर्म आ हत्या जइसन मामिलन में कुकर्मी भा हत्यारा आ पीड़ित का बीच कवनो तरह के समझौता हो गइला का बावजूद मामिला बंद ना होखे के चाहीं. अगर मामिला हटे लागल त समाज में गलत सनेसा जाई. कहलन कि दू फरीक के ओही मामिला के समझौता का बाद बंद कइल जा सकेला जवना में सभकर शांति में खलल ना पड़त होखे.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।