कुकर्म करे का आरोप में पीस पार्टी अध्यक्ष मोहम्मद अय्यूब गिरफ्तार


लखनऊ के मडिय़ांव थाना में दर्ज कुकर्म आ गैर इरादतन हत्या के एगो मामिला में फरार चलत पीस पार्टी अध्यक्ष आ गोरखपुर के बड़हलगंज के मशहूर सर्जन डॉ. मोहम्मद अय्यूब के आजु साँझे पुलिस गिरफ्तार करिए लिहलसि.

सीओ अलीगंज विवेक त्रिपाठी बतवलन कि डॉ.अय्यूब के बयान दर्ज करावे का बहाने सीओ कार्यालय बोलावल गइल आ ओहिजा उनुका के गिरफ्तार क के अदालत में पेश क दीहल गइल. ओकरा बाद अदालत का आदेश से अय्यूब के जेल भेज दिआइल. सीओ के कहना बा कि कि अय्यूब प लागल कुकर्म के आरोप सही साबित भइल बा आ एही चलते ओकरा के गिरफ्तार क लीहल गइल.

जान जाईं कि पिछला 25 फरवरी के ओह नवहिन के भाई मडियांव थाना में डॉ.अय्यूब का खिलाफ केस लिखववले रहलन कि साल 2012 के विधानसभा चुनाव में आपन प्रचार करत डॉ.अय्यूब संतकबीरनगर जिला में ओकरा घरे आइल रहलन. जब ऊ ओह नवहिन के नौकरी लगवा देबे का नाम प अपना साथे लिवले गइलन. लखनऊ के एगो नर्सिंग कॉलेज में ओकर नाम लिखवा दीहलन आ जबे लखनऊ आवत ओकरा से कुकर्म करसु आ कहसु कि बतवले त जान ले लेब. केस लिखववला से एक दिन पहिलही घरवालन का मुताबिक अस्पताल में गलत दवाई खिववला का चलते ओकर मौत हो गइल.

लखनऊ पुलिस फरवरी 2016 से अय्यूब के कॉल रिकॉर्ड करत आइल बिया. एक साल का भीतर दूनू जने में 312 बेर बातचीत भइला के रिकार्ड बा. एहमें से 128 बेर अय्यूब फोन कइले रहलन आ 184 बेर ऊ नवहिन फोन कइलसि. कई बेर दूनू जने के लोकेशन एके साथ के मिलल रहे.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।