कुचुर कुचुर आँखि करे केश भइल झउँवा

फोटो नीचे दीहल ट्वीटर पोस्ट से


बहुत साल पहिले के बात ह जब भोजपुरी के पहिलका टीवी चैनल महुआ पर सुर संग्राम के शोर पूरा भोजपुरी इलाका में रहुवे. आजु एगो खबर लिखे चलनी त ओकरा मुख्य पात्र के देखि के सुर-संग्राम के एगो गाना इयाद पड़ गइल. गाना में एगो औरत अपना मरद से कहत बिया कि –

कुचुर कुचुर आँखि करे केश भइल झउँवा
बलम हो ले अवतऽ तेल गमकउवा.

ओकरा फरमाइश पर मरदा जबाब दिहलसि कि –
अरे तोहरा फूहरपन के शोर पूरा गउँवा
छछुनरो का करबू तेल गमकउवा ?

बात जब अमेरिका के प्रतिष्ठित प्रिन्स्टन विश्वविद्यालय में स्नातकोत्तर के छात्रा अचिंत्या शिवलिंगन आ एगो अउर विद्यार्थी हसन सैयद के गिरफ्तारी के होखे तब एह गीत काहे इयाद पड़ गइल ? हमरा लागत बा कि पूरा खबर पढ़ला का बाद रउरो सहमत हो जाएब एह गाना के जरुरत से.

एह लोग पर अछरंग बा कि ई लोग फिलिस्तीन पर भइल इजरायली हमला के विरोध करे खातिर विश्वविद्यालय परिसर में तंबू कनात लगा के अव्यवस्था पसारे के कोशिश कइलसि आ प्रशासन के समुझवला का बादो अपना हरकत से बाज ना आइल लोग.

एही वारदात सा जुड़ल एगो अउर खबर हमार कान खड़ा कर दिहलसि कि भारत सरकार के विदेश मंत्रालय एह घटना के ले के अमेरिका से आपन विरोध जतवले बिया. सुनते हमरो लागल कि एह तरह के फूहड़पन के समर्थन करे के गलती कहीं उहे त बात ना हो गइल जब एगो मांसाहारी भाई अपना शाकाहारी भाई का थरिया में मीट खा लिहलसि आ तब शाकाहारी भाई धिरकवलसि कि तूं हमरा थरिया में मीट खइलऽ त हम तहरा थरिया में गूह खाएब !

बाकिर जब विदेश मंत्रालय के खबर पढ़नी त साफ हो गइल कि भारत का करफ से एह मामिला पर कवनो विरोध नइखे भइल. बलुक भारत के कहना बा कि हमेशा बात-बेबात भारत पर कमेंट करे वाला अमेरिका के आपनो आचरण देखे के चाहीं. कवनो सरकार होखे ओकरा अपना किहाँ हालात सम्हारे के होला आ हालात बिगाड़े के कोशिश करे वालन का खिलाफ कार्रवाई करहीं के पड़ेला.

खैर, एकरा बाद चलीं ई गाना सुनि के मन फरहर कर लिहल जाव –

0 Comments