कुमार सानू गवले भोजपुरी में गीत

हिन्दी सिनेमा के मशहूर गायक उदित नारायण, मोहम्मद अजीज, पंकज उधास, शान आ कुमार शानू, सभे अब भोजपुरी भाषा में बने वाली फिलिमो में आपन बहुते योगदान देत बाड़े जवना से मिसरी जइसन मीठ एह भाषा के अउरी पसार होखत बा.

पिछला दिने रंगभूमि फिल्म्स के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘‘इंतकाम – एगो बदला’’ के पहिलका गाना कुमार सानू का आवाज में रिकॉर्ड करावल गइल आ एही से फिल्म के मुहुर्तो करावल गइल. फिल्म के गीतकार जे. बी सक्सेना आ राजेश राज, संगीतकार राजेश अनिल, छायाकार अबू शाद, मारधाड़ निर्देशक एस. शेख, आ नृत्य निर्देशक अमित शुक्ला हउवे. ‘‘इंतकाम – एगो बदला’’ फिल्म के मुख्य कलाकार होखीहे आशीष पाठक, कल्पना शाह, श्रीकंकानी, शिवपूजन मौर्या, अभिलाषा, प्रतिभा सिंह, सुजीत कुशवाहा, जय प्रकाश दूबे, माधुरी पाण्डेय आ संजय पाण्डेय.

सह निर्माता एस. के पाठक के ई फिल्म बदला का भावना पर बनावल जात बा. एहमें कुल नौ गो गाना रही जवनन के भोजपुरी के नामचीन गायक अपना आवाज में गइहे. आशीष पाठक के मुख्य भूमिका वाली एह फिल्म के शूटिंग अगिला महीना से उत्तर प्रदेश के भदोही जिला में करावल जाई.


(अपना न्यूज के रामचन्द्र यादव के भेजल रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।