कुलदीप कुमार भोजपुरी अकादमी पुरस्‍कार २०१३ से सम्मानित भइले

KuldeepSrivastava‘भोजपुरी पंचायत’ पत्रिका के संपादक कुलदीप कुमार के पिछला दिने पटना में भइल बिहार भोजपुरी अकादमी के पैंतीस साल पूरा भइला का उपलक्ष्य में भइल आयोजन में बिहार के गवर्नर डी. वाई. पाटिल का हाथे बिहार भोजपुरी अकादमी पुरस्‍कार २०१३ से सम्मानित कइल गइल. उनका के ई सम्मान भोजपुरी भाषा, सभ्यता, संस्कृति, आचार-व्यवहार, लोक परम्परा आ संस्कार के संवर्धन में खास योगदान खातिर दिहल गइल. एकरा पहिले कुलदीप कुमार के मारीशस में भोजपुरी गौरव सम्मान से आ पूर्वांचल एकता मंच के ७वां विश्व भोजपुरी सम्मलेन में भोजपुरी पत्रकारिता गौरव सम्मान से लोक सभा अध्यक्ष आ गृह राज्यमंत्री आर पी एन सिंह का हाथे सम्मानित कइल गइल रहे.

बिहार के सिवान जिला के रफीपुर गाँव के कुलदीप कुमार के शुरुआती पढ़ाई सिवान में आ बाद में दिल्ली में भइल.. पिछला तेरह साल से कुलदीप दिल्ली के आपन कर्मभूमि बनवले बाड़न.

पटना में भइल एह आयोजन में अउरीओ पचीस लोग के सम्मानित कइल गइल. एहमें आरा भोजपुर के रहे वाला मशहूर गणितज्ञ डॉ वशिष्ठ नारायण सिंह, भिखारी ठाकुर के नाट्य मंडली के अकेला जीवित बाचल सदस्य एक सौ एक साल के रामाज्ञा राम, सिवान के रहे वाला वरिष्ठ भोजपुरी साहित्यकार अक्षयवर दीक्षित, आरा निवासी आ वीर कुँवर सिंह विश्वविद्यालय के भोजपुरी विभागाध्यक्ष रहल डॉ0 गदाधर सिंह, विश्व भोजपुरी सम्मेलन के महासचिव आ देवरिया खास निवासी डॉ0 अरूणेश नीरन, भोजपुरी आन्दोलन के भीष्म पितामह आ भाईजी भोजपुरिया नाम से जानल जाए वाला डॉ0 बी॰एन॰ तिवारी, मारीशस भोजपुरी संस्थान के निदेशक डॉ॰ सरिता बुद्धु, झारखंड के कोल्हन विश्वविद्यालय के प्रतिकुलपति आ आरा के चंदवा गाँव के निवासी प्रो॰ डॉ॰ शुक्ला मोहनथी़, सिंह भूम हिन्दी साहित्य सम्मेलन के कार्यकारी अध्यक्ष डॉ0 नर्मदेश्वर पाण्डेय, दिल्ली के भोजपुरी मैथिली अकादमी के उपाध्यक्ष अजीत दुबे, बक्सर से आवे वाला मशहूर भोजपुरी गायक भरत शर्मा ब्यास, लखनऊ के सोन चिरैया के संरक्षिका आ लोक गायिका मालिनी अवस्थी, मशहूर भोजपुरी स्टार आ लोकगायक मनोज तिवारी, मारीशस गणराज्य के महात्मा गांधी संस्थान में भोजपुरी विभाग के अध्यक्ष डॉ॰ गिरिजानन्द सिंह विशेसर, बेतिया निवासी आ मशहूर भोजपुरी साहित्त्यकार डा॰ गोरख प्रसाद मस्ताना, इंगलै्ड निवासी मारीशस के भोजपुरी साहित्यकार लोक सहदेव, मशहूर समाजसेवी उद्वेश्वर कुमार सिंह, बक्सर के भोज थिएटर के स्थापना करे वाला कुमार नयन, नेपाल के भोजपुरी साहित्यकार आ मधेसिया संघ के अध्यक्ष दीपेन्द्र कुमार, पूर्वांचल एकता मंच के संस्थापक अध्यक्ष शिवजी सिंह, अउर भोजपुरी के पहिला मनोरंजन चैनल महूआ टीवी शामिल रहे.

एह आयोजन में अखिल विश्व विकास मंच का तरफ से बिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष डा॰ आर॰के॰ दुबे के खास तौर पर सम्मानित कइल गइल. सम्मानित कइलन बिहार के राज्यपाल.


(बिहार भोजपुरी अकादमी)

3 Comments

  1. omprakash amritanshu

    बहुत -बहुत बधाई .

  2. Keshav Mohan Pandey

    बहुत -बहुत बहुत -बहुत बहुत -बहुत बधाई !!

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।