कुल 6388 गो बहाली का बारे में

अँजोरिया के हमेशा से कोशिश रहल बा कि अपना के भोजपुरी खातिर भोजपुरी में वेबसाइट बनऽवला से बेसी भोजपुरिये में सबकुछ देबे के. एही चलते अंजोरिया के तरह तरह के अध्याय पर तरह तरह के जानकारी दिहल जात रहेला. आजु का युग मे जब करीब आधा से बेसी हिन्दुस्तानी पचीस साल से कम उमिर के बाड़न तब नौकरी चाकरी भा रोजी रोजगार के मसला अलगा राखल ठीक ना होई. एही चलते अँजोरिया के एगो अध्याय नौकरीचाकरी के समर्पित बा. जहवाँ बी्च बीच में तरह तरह के बहाली का बारे में जानकारी दिहल जात रहेला. साथ ही पढ़ाई लिखाई, प्रतियोगिता परीक्षा, परीक्षा परिणामो से जुड़ल जानकारी देबे के कोशिश कइल जाला. अलगा बाति बा कि अकेला आदमी सगरो देख ना पावे. एक ओर चलेला तले दोसरका पक्ष छूटे लागेला. भोजपुरी चूंकि अबही एह लायक नइखे, पता ना कहियो बनियो पाई कि ना, कि एकरा खातिर वेतन पर कर्मचारी राखल जा सके. अपने से जतना हो सकेला करत रहीले. चाहीले कि कुछ अउरी लोग मिलित जे भोजपुरी खातिर अइसने पागल रहीत त ओह लोग का जिम्मे अलग अलग विभाग सँउप देतीं. बाकिर … जवन बाति संभव नइखे तवना खातिर सोचलो समय के बरबादी होखी.
खैर, बात से बहकला के जरूरत नइखे. स्टेट बैंक आ यूनियन बैंक आ दिल्ली मेट्रो में कुछ बहाली, कुल मिला के 6388 गो बहाली, होखे वाला बा जवना के जानकारी एहिजा दिहल गइल बा.

3 Comments

  1. प्रभाकर पाण्डेय

    सादर धन्यवाद ए जानकारी खातिर. सीडैक में भी कुछ बहाली बा….नीचे के लिंक देखीं..पर हाँ इहो खाली..पिछड़ा जाति, जनजाति, अनुसूचित जाति आदि खातिर बा।

    http://cdac.in/index.aspx?id=pune_jan32012

    धन्यवाद।

  2. amritanshuom

    संपादक जी ,
    नमस्कार !
    भोजपुरी आ भोजपुरिया समाज खातिर राउर बड़ी नेक विचार बा .रउआ आपन बहुमूल्य समय देके सेवा में लागल राहिला , ई कम बात नइखे .देखे से लागेला की रउआ भोजपुरी खातिर समर्पित इन्सान बानी.
    बहुत -बहुत धन्यवाद !

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।