कुशीनगर में फंदा से लटकल मिलल गर्भवती महिला के लाश

(प्रतीक फोटो)


कुशीनगर 29 मार्च (वार्ता). कुशीनगर के खड्डा इलाका में संदिग्ध हालात में एगो गर्भवती महिला के लाश फंदा से लटकल मिलल.
पुलिस सूत्र बतवलें कि शाहपुर नौका टोला के भीखन के इकलौता बेटा संतोष के बिआह महराजगंज के घुघली इलाका के चैनपुर गाँव के रमाशंकर के बेटी अम्बा से दू बरीस पहिले भइल रहुवे.
शादी का बाद एक बरीस ले त सबकुछ ठीकठाक लागल बाकिर एनो कई महीने से दुनु में कवनो बाति ले के अनबन चलत रहुवे. दू दिन पहिले संतोष के पिता भीखन महराजगंज के सिसवा बाजार के खेरसारी टोला में अपना पुरनका घरे गइल रहलें आ एहिजा उनुकर पत्नी सोनपती, बहू अंबा, आ बेटा संतोष रहलें.
बुध का साँझो कवनो बाति लेके मरद मेहरारू में झगड़ा हो गउवे. एकरा कुछ देर बाद लोग देखल कि झोपड़ी के बांस में अंबा के लाश ओकरा दुपट्टा से लटकल रहुवे.
जानकारी मिलला पर पुलिस चहुँपल आ लाश कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेजववलसि आ मरेवाली के मरद आ ससुर के गिरफ्तार कर लिहलसि.
अम्बा के नइहर वालन के कहना बा कि दहेज खातिर लोग ओकरा बेटी के मार दिहले बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।