कुश्ती में बजरंग पूनिया के मिलल स्वर्ण पदक


गोल्ड कोस्ट, 13 अप्रैल (वार्ता). भारत के बजरंग पूनिया आजु 21वां राष्ट्रमंडल खेलन में कुश्ती में देश के स्वर्णिम अभियान के शान से आगे बढ़ावत 65 किग्रा फ्री स्टाइल वर्ग में स्वर्ण पदक जीत लिहलें जबकि मौसम खत्री (97) आ पूजा ढांडा (57) के रजत पदक मिलल आ दिव्या काकरान (68) के कांस्य पदक.
कुश्ती में अबहीं ले भारत के एह दू दिन में तीन गो स्वर्ण, तीने गो रजत आ दू गो कांस्य पदक मिल चुकल बा. एह दू दिन में भारत चारो मुकाबलन में कवनो ना पदक हासाल कइले बा आ कुश्ती में कुल मिला के 8 गो पदक जीत चुकल बाड़ें भारत के खिलाड़ी.
बजरंग पूनिया आजु राष्ट्रमंडल खेलन में आपन पहिला स्वर्ण पदक हासिल कइलन. ओलंपिक पदक विजेता आ पिछला ग्लास्गो राष्ट्रमंडल खेलन में स्वर्ण पदक जीते वाला योगेश्वर दत्त के चेला बजरंग वेल्स के केन चारिग के बहुते आसानी से 10-0 से हरावत एकतरफा जीत अपना नामे कइलन. ग्लास्गो राष्ट्रमंडल खेलन में रजत पदक जीते वाला भारतीय पहलवान दिन के आपन सगरी मुकाबला तकनीकी श्रेष्ठता का आधार पर जीतले.
भारतीय पहलवान मैट पर आवते सवा मिनट का भितरे तकनीकी श्रेष्ठता का आधार पर स्वर्ण पदक मुकाबला अपना नामे कर लिहलन. ऊ वेल्स के खिलाड़ी के एकहु अंक ना लेबे दिहलन आ शुरूआते में 2-0 के बढ़त बना लीहलें. फेरु उनुका के फीतले दांव में फंसावत लगातार दू दू अंक बटोरलन जबकि विपक्षी खिलाड़ी एको बेर बजरंग पर काबू ना पा सकलें. बजरंग 6-0 से आ 8-0 का बाद फेर से चारिग के पलटत दू गो अंक ले लीहलें आ 10-0 से मुकाबला खतम कर दिहलें.
बजरंग पूनिया सेमीफाइनल में कनाडा के विंसेट डी मारिन्स के 10-0 से, क्वार्टरफाइनल में नाइजीरिया के अमास डेनियल के 10-0 से आ पहिला मुकाबले में न्यूजीलैंड के ब्राहम रिचर्ड्सो के 10-0 से हरवलन.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।