केकरा बीचे होखी डाँस संग्राम के फाइनल मुकाबिला?

भोजपुरिया परिवारन के पसन्दीदा चैनल महुआ पर प्रसारित हो रहल डाँस के रियलिटी शो डाँस संग्राम अपना पहिला डांसिंग स्टार से बस तेरह दिन का दूरी पर रह गइल बा. प्रोग्राम के विजेता के फैसला त २१ मई के होखे वाला बा बाकिर आज शनिचर का रात आठ बजे एह शो में पता चल जाई कि ऊ कवन दू गो डाँसिंग स्टार रहीहें जे पहिर सकेलें डाँस संग्राम के ताज.

छँटात छँटात बाचल आखिरी ५ गो अन्तिम प्रतिभागी अलग अलग चक्रव्यूह पार कर के आजु फाइनल चक्रव्यूह में चहुँपिहें. एह चक्र में ऊ आपन आपन मनपसन्द डांसिंग स्टाइल के प्रस्तुति दिहें. कोलकाता के गौरी क्षेत्री मराठी गाना पर धमाकेदार प्रस्तुति दे के बड़की माई सरोज खान के दिल जीत लिहें ओहिजे पटना के आनन्द इशान बौना नृत्य पेश करीहें जवना में उनका चेहरा हाथ के दर्शन ना होखी. आतमजीत सिंह डायलाग डांस पेश करीहें त अविनाश दूबे क्लासिकल. दीपू सिंह हिप गाप फार्म पर प्रस्तुति दिहें. एकरा बाद एक जने के विदाई हो जाई. फेर चार गो बाचल प्रतिभागियन के आखिरी भिड़न्त होखी आ महागुरु सरोज खान दू गो फाइनलिस्ट के नाम घोषित करीहें.

तीसरका जगह पर रहे वाला प्रतिभागी के महुआ परिवार का तरफ से एगो ट्राफी आ पाँच लाख रुपया नकद के पुरस्कार दिहल जाई. एकरा बाद शो के एंकर निरहुआ पहिला डांसिंग स्टार के मिले वाला ट्राफी के अनावरण करीहें. पहिला जगहा पर आवे वाला के एह ट्राफी का साथ एगारह लाख रुपया नकद पुरस्कार मिली आ एगो बजाज डिस्कवर बाईक. दुसरका जगहा पर रहे वाला प्रतिभागी के सात लाख रुपया नकद के पुरस्कार दिहल जाई.

अन्तिम विजेता के फैसला जनता के वोट से कइल जाई जवना के बोटिंग आजु रात से शुरु हो जाई. त चलीं देखल जाव कि केकरा तरफ आपन वोट दिहल जाव.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *